Friday, September 30, 2016

समाज्ञा - रविवार - 25th Sept, 2016

BHOJPURI WORLD NO. 17

आपन शहर कोलकाता में दुर्गा पूजा के काउंटडाउन शुरू हो गईल बा... माता रानी के स्वागत करे खाती भरपूर तैयारी हो रहल बा... पूजा क्लब्स के एक पल के भी फुर्सत नईखे... मूर्तिकार त मुश्किल से दिन भर में दू से चार घंटा के आराम टाइम निकाल रहल बा लोग| एने जम कर पूजा शौपिंग भी हो रहल बाटे... लेकिन आपसी बातचीत में जवन सबसे गरम टॉपिक बाटे उ ह कि पाकिस्तान इ का कर रहल बा... सबकर ज़ुबान पर एक ही सवाल बाटे कि पाकिस्तान के कब सबक सिखवाल जाई... का हमनी के देश कवनों कड़ा क़दम उठाई कि ना?... इ आतंकवादी कुल के सर्वनाश कब होखी? खैर! इहे सब के बीच में रेल बजट के आम बजट से मिलन हो गईल... अब देखे के इ बाटे कि एकरा से आम खाए वाली आम जनता के कवना हद तक फ़ायदा होखी| वोइसे रेल के कई गो रूट में, रेल के सफ़र आज की तारीख में भी नरक ही बाटे... जे सफ़र कईले बा उहे जानी, हाँ! एक बात हम दावे के साथ कह सकेनी कि रेल के इ दुर्दशा वाली बात कवनों नेता मंत्री के ना पता होखी, अब काहे? इ त रउओ जानेनी... ए से इ बात के हम एइजे छोड़ रहल बानी... चलीं आगे बढ़ल जाओ कुछ अउर बात कईल जाओ| अब कहीं त का कहीं अपना बंगाल में कांग्रेस के हालत देख के ना रोअत बन रहल बा ना हँसत... आज की तारीख में केहू के कवनों चुटकुला सुना द भा कांग्रेस से जुड़ल कवनों बात बता द... एक ही बात बाटे अउर अगर फेसबुक पर ज़्यादा से ज़्यादा लाइक बटोरे के मन कई दिहल त कुछ ना... बस राहुल जी से जुड़ल कवनों बात लिख द... फिर कमाल देखे के मिली| खैर! आपन शहर कोलकता धीरे धीरे दुर्गा पूजा की ओर बढ़ रहल बिया… सड़क मरम्मत के काम जोर शोर से चल रहल बा अउर ओने विपक्ष के कैंप में हलचल बाटे कि पूजा के बाद से उ लोग भी आपन संगठन के मज़बूत करिहें जा… वोइसे एक बात त ज़रूर बाटे कि आज की तारीख में अपना बंगाल में बामपंथी बन्धु बड़ा मुरझा के घुमेला लोग… हमरा कान में त इ बात भी आवेला कि आजकल उ लोगन के पार्टी कार्यालय में जम के आपसी तर्क होखेला... अब ए प का कहीं, कभी ख़ुशी कभी ग़म के दौर सबके तक़दीर में कबो ना कबो एंट्री ज़रूर लेवेला| त अब हम चल तानी… नेक्स्ट वीक फिर मुलाक़ात होखी… ठीक से रहब सभे… अपना से छतरी भा रेन कोट के दूर मत करब अभी… बरखा डार्लिंग के वक़्त… बे - वक़्त डांस चालू रही… चलत चलत अब एगो ज्ञान के बात बता दीं कि... बाक़ी दिन सुबह सुबह नींद के मारे आँख ही ना खुलेले... अउर छुट्टी वाला दिन त आँख अतना जल्दी खुल जाला कि जईसे हमरे अखबार बाटें जाएके बा भा लोगन के घर - घर दूध पहुँचावे के बा... एss ही के साथ राउर इss रेडियो अउर टीवी वाला दोस्त राकेश कह रहल बाटेss टाटा... बाय... बाय… एतवार के मज़ा लिहल जाए|

RJ RAKESH

fb: www.facebook.com/rjraakesh
email: rjrakesh@yahoo.com                                                                    



No comments:

Post a Comment