Monday, September 5, 2016

समाज्ञा - रविवार - 4th Sept, 2016

BHOJPURI WORLD NO. 14 

बड़ बुज़ुर्ग से सुनले बानी कि अगर राजनीति में सच्चाई डाल दिहल जाओ तss उss सच्चाई ना रह जाला… अब इss बात हमरा दिमाग में काहे आईल हss एकर कवनों एगो वजह नईखे… अब कहाँ से शुरू करी? बड़ा समस्या बाटे! अब कहे वाला कह रहल बाटे कि अपना देश में जवन भी समस्या दिखाई दे रहल बा वोकरा पीछे कहीं ना कहीं कवनों नेता के हाथ ज़रूर बाटे… रउआ ईss बारे में का सोचेनी ईss तss हम ना बता सकेनी… हम तss फिलहाल इहे बतावे के मूड में बानी कि काश हमनी के भारत के भ्रष्ट नेता गण से छुटकारा मिल जाइत… एने कुछ लोगन के तss इss भी कहनाम बाटे कि अबकी पूजा बाज़ार में उss बात ना रही जवन आज से पांच साल पहीले तक के पूजा बाज़ार में रहत रहे... खैर! अभी समय बाटे... रउआ सभे भी दुर्गा पूजा प्लान बना लीss कि काss करे के बाटे... हम तss हर दुर्गा पूजा पss नज़र रख रहल बानी... अगर रउआ लागे कि राउर पाड़ा के क्लब भा रउआ जहां रहेनी ओइजा कवनो दुर्गा पूजा के आयोजन हो रहल बिया... आss रउआ उss पूजा के बात सभ के बतावे चाहss तानीss तss प्लीज़ हमरा के इमेल कई दी… एने खबर आ रहल बाटे कि अपना कोलकाता में... मछरन के अत्याचार भी कम नईखे लेकिन चक्कर तss इss बाटे कि मछर के मारी के?... काहे किss रउआ सभे जानss तानीss कि एक मछर इंसान के काss से काss ना बना सकेला... हमरा तss बुझाता कि अगर अपना शहर में मछर के तांडव बढ़ल बाटेss तss उss खाली एही से कि ओकरा के मारे के रिस्क केहू लेवे नइखे चाहत... अब देखी परिवर्तन तss सब ना नूss अपना सकेला भाईss | अब का कहीं। अपना देश में घपला और घोटाला के मेला तss लागल रहेला.... आss वो पss से सनी लियॉन जइसन आइटम के तड़का भी मिल जाला तss दिल एकदम से गार्डन गार्डन हो जाला... और कहींss भूले से आपन लालू जी के कुछ बात कहे के मौका मिल गईल तss बस पूछीss मत... करेजा तss झूमे लागेला... दिल्ली हो भा बिहार लालू जी जब भी आपन मुह खोलेलनss... इss महंगाई के दौर में भी चेहरा पss हंसी आइए जालाss... हम तss कहब हे! भगवान्ss... लालू जी के अइसहीं बनवले रखीहss... अरे! भाई हँसे के मौका तss मिलत रहीss... वरना उहे न्यूज़ चैनल पss कॉमेडी शो देखे के पड़ीss… अउर हाँ! एगो अउर बात… अखिलेश भईया में राज्य चलावे के आईडिया नइखे इss बात अब ज़ोर पकड़ रहल बाटे… भाजपा के मानी तss अखिलेश भईया के नाव समझ लीं कि डूब गईल बिया… सोचीं सोचीं… कि राजनीति कवन चिड़िया के नाम हss… अब का कहीं कहे के तss बहुत कुछ बाटे… खैर! जाएंss तोss जाएंss कहाँss इहे गाना के अपना होठ पss बसा के हम आपन समय बितावे के कोशिश करेनी अब रउए कहीं हम का करीss... महँगाई अतना दिमाग के दही बना रहल बाटे कि कुछ समझ में ही नइखे आवत... सब्जी बाज़ार से लेकर शौपिंग मॉल तक... हर तरफ एक ही कहानी बाटेss... आजकल बाज़ार में भीड़ तss हो जाता लेकिन केहू भी आपन हाथ अपना जेब में डाले से पहीले बीस बार सोचे लागता... हमरा कान में इss बात भी आ रहल बाटे कि केजरीवाल जी के फैन्स हमरा से कुछ नाराज़ बा लोग… अरे भाई! नाराज़गी में का रखल बा… केजरीवाल जी पॉपुलर बनल रहस ईss तss हमहुँ चाहेनी… तss अब हम चलss तानी … नेक्स्ट वीक फिर मुलाक़ात होखी … ठीक से रहब सभे … अपना से छतरी भा रेन कोट के दूर मत करब अभी … बरखा डार्लिंग के वक़्त… बे-वक़्त डांस चालू रही… चलत चलत अब एगो ज्ञान के बात बता दीं कि... खीस बरल... अगर मर्द होखे के निशानी हss तss इss जान ली कि खीस के पीअल... पति होखे के निशानी हss... एss ही के साथ राउर इss रेडियो अउर टीवी वाला दोस्त राकेश कह रहल बाटेss टाटा ... बाय ... बाय … एतवार के मज़ा लिहल जाए|

RJ RAKESH

No comments:

Post a Comment