Monday, September 5, 2016

समाज्ञा - रविवार - 24th July, 2016

BHOJPURI WORLD NO. 8

राजनीति के मैदान में काफी उथल पुथल दिखाई दे रहल बाटे ... आज की तारीख में सिद्धू भाई के दल बदलू कहल जाई ना कि उनकर ह्रदय परिवर्तन भईल बाटे ... इss का कहाई एकर फैसला रउए कई ली ... एने नीतीश बाबू जीएसटी बिल के समर्थन करिहें ... इss सुन के बिहार में उनकर गठबंधन साथी यानी कांग्रेसी भाई लोग के दिल में सौ गो सवाल उठ रहल बाटे ... फिलहाल हमरा मन में जवन सवाल उठ रहल बाटे ... उss इss कि अपना भारत में कांग्रेस के का भविष्य बाटे ... खैर ! एही बात पss एगो गाना याद आ गईल ... “कलss क्याss होगाss किसकोss पताss”| कहे वाला तss इss भी कह रहल बाटे कि भाजपा के कुछ अउर विकेट आप के झोरा में गिर सकेले ... हमरा तss इहे आज तक ना समझ में आईल कि राजनीति के मैदान में के कब गिरी अउर के कब उठी| जहाँ भी जानी हमरा से आदमी सवाल ज़रूर पूछेला कबो नेता से जुड़ल तss कबो अभिनेता से जुड़ल ... हाल ही में हमरा से एगो सरकारी स्कूल के टीचर जी पूछलन कि इss सिंडिकेट का हss ... तss हम कहनी कि मास्टर जी इss उss चुल्हा हss जवन पोलटिकल जाड़ा लागला पss गर्मी देवेले ... आ अगर गर्मी ढेर हो गईल तss इss जरा भी सकेलेss ... मास्टर जी के अगला सवाल रहे कि सनी लिओन के अतना चर्चा काहे बाटे ... बहुत सोचला के बाद हम कहनी कि एकर जवाब स्मार्ट फोन पर मिल जाई ... मास्टर जी हमरा बात से खुश ना दिखाई दिहलन मगर एगो सवाल अउर दाग दिहलन कि लालू जी आजकल आपन एक्स्ट्रा टाइम में का करेलन ... पाहिले तss हम हंसनी फ़िर कहनी कि राजनेता के बारे में अइसन सवाल पूछल अपना देश में कवनों बड़ गुनाह से कम ना हss ... एसे पाहिले कि उss हमरा से कवनों अउर सवाल पूछस ... हम ओइजा से खिसक लिहनी| कुछ दिन पाहिले एगो बड़ क्रिकेटर से मुलाकात भईल ... इंडियन क्रिकेट अउर क्रिकेटर के लेके काफी बातचित भईल ... उss बातचित से हमरा इss पता चलल कि रवि शाष्त्री सौरव गांगुली के मात देवे खाती हर कोशिश में लागल बाड़न ... उनकर मन के मुराद पूरा कब होखी इss तss वक़्त ही बताई ... उनकरा से हमरा कई क्रिकेटर के पर्सनल लाइफ के बारे में भी पता चलल ... हमरा ख्याल से उss हम रउआ के ना बता सकेनीss ... काहे कि बतईला के बाद रउआ शायद कहब कि काss होss तू तss इंग्लिश एडल्ट फ़िल्म देखा दिहलअss ... जायेदीं, कबो आमने सामने कहीं मुलाक़ात हो जाई तss बता देब ... कबो कबो इंतज़ार के मज़ा भी लेवे के चाहीं|  वोइसे मस्त मौसम बाटे ... सावन के महीना आ गईल ... सावन के गीत गावत रहीं ... मन के पतंग बना के उड़ावत रहीं ... कुछ गुड न्यूज़ होखे तss हमरा के बतावत रहीं| अच्छा तss अब हम चल तानी नेक्स्ट वीक फिर मुलाक़ात होखी ... चलत चलत अब एगो ज्ञान के बात बता दीं कि ... अगर कवनों खासम ख़ास लईकी के गर्ल फ्रेंड बनावे के मन कर रहल बाटे तss उss लईकी के फोन करीं ... प्यार के इज़हार करीं ... मिस्ड कॉल मत देब ... काहे कि मिस्ड कॉल से कवनों पॉलिटिकल पार्टी के कार्यकर्ता बनावल जा सकेला ... गर्ल फ्रेंड नाहींss ... एss ही के साथ राउर इss रेडियो अउर टीवी वाला दोस्त राकेश कह रहल बाटेss टाटा ... बाय ... बाय … एतवार के मज़ा लिहल जाए|

RJ RAKESH

www.facebook.com/rjraakesh

                                             

No comments:

Post a Comment