Monday, September 5, 2016

समाज्ञा - रविवार - 10th July, 2016

BHOJPURI WORLD NO. 6

रथ यात्रा के मौका पर हमरा पापड़ खाए के मौका मिल गईल रहे ... ईद के मुबारक मौका पर सेवई भी हम जम के खईनी हss ... लेकिन मन में हमार एकही सवाल बार बार घूम के आ रहल बाटे कि इss बंगलादेश में जवन भईल उss का हss अउर जवन हो रहल बाटे उss का हss ... हम इss बात से तनिका दुखी बानी ... खैर ! सुख दुःख तss लागले रही अब स्मृति ईरानी के ऊपर के दुःख छाया पड़ी कि सुख के इहे आज की तारिख के सबसे बड़ सवाल बाटे| मोदी जी से आज की तारिख में के सवाल पूछे के पोज़ीशन में बाटे ... इहो एगो बड़ सवाल हss ... अब इss सवाल के जवाब संघ परिवार के पास बाटे कि ना इss हम तनी पता लगावे के कोशिश करब| एगो बात हमरा पता लागल हss कि रवि शाश्त्री अउर सौरभ गांगुली में अब ज़ोरदार बवाल लाग गईल बाटे ... जेकरा जब जब मौका मिली उss तब तब वार करी ... हम ठहरनी आम आदमी, तमाशा देखल हमनी के सबसे बड़ काम हss लिहाज़ा इss काम तss होखबे करी| आ इss तss सभे केहू जानेला कि जब जब जवन होखे के बा ओकरा के भला के रोक सकेला ... आजकल हमार तकदीर के डमरू बाज बाज के कह रहल बाटे कि उss दिन दूर नईखे जब हम हौं अपना उत्तर प्रदेश जाईब अउर गाईब कि “साँची कहे तोरे आवन से हमरे अंगना में आईल बहार भौजी” ... कुछ समझ में आईल कि ना कि हम का कहे चाह रहल बानी ... अरे ! भाई कान में खबर आईल हss कि बहुत जल्द आपन राहुल भईया के बियाह होखे वाली बिया ... उहो उत्तर प्रदेश के एगो लईकी से ... का जी ? एसे बड़ भला अउर का खबर हो सकेला ... चल इss बहाने एक हाली अउरी उत्तर प्रदेश जाए के मौका मिली| एने सलमान खान के सुल्तान रउआ मौका निकाल के ज़रूर देख ली अगर नईखी देखले तss ... फ़िल्म देख के एक बात रउआ सभे भी कहब कि सलमान से ऊपर आज की तारीख में केहू नईखे ... हमरा ख्याल से सलमान भाई जान के सुल्तान भी 200 करोड़ से ज़्यादा के कमाई करी| एने मौसम के हाल चाल ठीक बाटे ... बरखा डार्लिंग बुझाता कि खुश बाड़ी ... देखे के बाटे कि आगे सब कुछ कईसन रहता| हम आजकल सेल्फी के दीवाना कुल के देख के बहुत हैरान बानी ... बात बात पss सेल्फी लेवे में बिज़ी हो जाता लोग ... भईया इss बीमारी के का उपाए बाटे ... हमरा तss बुझात एss नईखे ... का मरन का जियन ... हर पल के सेल्फी ... अरे भाई ! तनी सुस्ता जा लोग ... कहे वाला कह रहल बाटे कि ढेर सेल्फी लिहला से स्किन प्रोब्लम के भी होखे के चांस बाटे ... इss बात हम दावा से ना कह सकेनी काहे कि हमरा किहाँ एकर कवनों ठोस सबूत नईखे| हम एकरा बारे में पता लगाईब अउर रउआ सभे के ज़रूर बताईब| अच्छा तss अब हम चल तानी नेक्स्ट वीक फिर मुलाक़ात होखी ... चलत चलत अब एगो ज्ञान के बात बता दीं कि ... कि हेलमेट अउर गर्ल फ्रेंड भा वाईफ दूनो के स्वभाव एक ही जईसन हss... जब तक सर पर बईठा के राख तss जान बाचल रही ... एss ही के साथ राउर इss रेडियो अउर टीवी वाला दोस्त राकेश कह रहल बाटेss टाटा... बाय... बाय… एतवार के मज़ा लिहल जाए|
 

No comments:

Post a Comment