Monday, September 5, 2016

समाज्ञा - रविवार - 28th Aug, 2016

BHOJPURI WORLD NO. 13

आपन शहर कलकत्ता … अबकी 24th अगस्त, 2016 के 326 साल के नौजवान बन गईल … आगे कलकत्ता के तक़दीर में का बाटे ईsss तsss वक़्त ही बतायी … फिलहाल का बताईं ? सी. बी. आई के काम करे के स्टाइल हम आम आदमी के समझ से सांचो बाहर बाटें… कुछ बुझात ए नइखे कि के कब कवन केस में पकड़ाई आ कब के आज़ाद पंछी बन जाई खैर! काss काss देखी और काss काss सूनी? कवनss कवनss बात पर आपन नज़र राखी? सोचे में काफी टाइम निकल जा रहल बाटे... समझल तनी मुश्किल हो गईल बाss... कतनाss मुश्किल कैसे बतायी? धई लीss कि जेठ के महीना में बिना अंगोछा केss... अगर दू - चार कोस पैदल चले के पड़ेss... खेत के पगडण्डी पकड़ केss... तss का हाल होखीss... हमार बात हम रउआ के घूमा फिरा के अब ना समझा केss... सीधे सीधे कह देतानीss... घपला और घोटाला में जे जे बा… उss उss ज़रूर पकड़ाए के चाहीं… अउर बड़ से बड़ सज़ा भी होखे के चाहीं… काss जी! कवनों गलत सोच हमरा दिमाग में नइखे नूss आ रहल बा... अगर होखी तss हमरा के इमेल कई के बता देब... सुधारे लायक कुछ होखी तss हम हउँ सुधार लेब... गंगा मईया के कसम हम कवनों नेता थोड़े ही हयींsss कि आपन बात से मुकर जाईब... भा निमन बात सीखला में हमरा कवनों प्रोब्लम बाटेss | कहे के तss मन में बहुत कुछ बाटे मगर काss काss कहीं अब रउए कहीं कि कहींss… भ्रस्टाचार  के बात शुरू करब तब भोर से रात हो जाई… संसद भवन की ओर जब भी आपन नज़र घुमावेनी … एक से बढ़कर एक नायाब कोहिनूर देखे के मिल जाला लेकिन एक से बढ़कर एक नटवर लाल भी देखाई दे जाला अब का… कतना खुल के बात करीं… अब देखी हम जतना भी बड़ बुज़ुर्ग के चीन्हेनीss भाss जानेनी सब कर इsss हेsss कहनाम बाटे कि काँग्रेसी भाई लोगन के दिमाग चाचा चौधरी से भी तेज़ चलेलाss... और इss बात तss हम बचपन से सुनत आ रहल बानीss कि चाचा चौधरी के दिमाग कंप्यूटर से भी तेज़ चलेला... अब निमन की ओर की बाउर की ओर ईss रउआ हमरा से बेहतर जानब। महंगाई के तुलना अब हम केकरा से करी… इहे हमार समझ से बाहर बाटे… बुझात इss नइखे कि केकर  ध्यान आजकल कहवाँ बाटेss… स्वीस बैंक के खाता पर कि संसद भवन के कवनों और कुर्सी पर? जब जब हमार नज़र भारतीय जनता पार्टी पर पड़तियाss… हमरा बुझाता कि हम कवनों प्राइमरी स्कूल के प्ले ग्राउंड में आ गईल बानी … कबो हंसीं आवता तss कबो कुछ अउर… नरेन्द्र जी के मेहनत करत देख रहल बानी तss अडवाणी जी के बिना फॉर्म वाला क्रिकेटर के रूप में पाss रहल बानी … भाजपा के वरुण बबुआ तss रणजी क्रिकेट के स्तर तक नइखन पहुँचल हम उनकरा से टेस्ट क्रिकेट के उम्मीद कईसे करीं… अपना बंगाल में भाजपा के बारे में काss कहीं वोकर हाल और आजकल के 'ई एम बाई पास' के हाल जईसन हो गईल बाटे… अरे! भाई शॉट कट में कहीं तss भले ही राजनीति में लोग राहुल राहुल केहू कातना भी कह ले… इss राहुल नाम से कुछ होखी कि ना कहल बड़ा मुश्किल बाटे… स्मार्ट नाम के मतलब इss ना होखेला कि उss बन्दा भी स्मार्ट फोन नियन काम करी… आजकल जे भी स्मार्ट फोन के इस्तेमाल करेला उss इss बात से वाकिफ़ बाटे की स्मार्ट फ़ोन भी बहुते हैंग करेली सss। आपन शहर कोलकाता के बात करीं तss इss कहब कि आवेवाली दुर्गा पूजा के तैयारी में सरकार आपन क़दम उठा लेले बिया… लेकिन पूजा शौपिंग अभी भी ज़ोर नईखे पकडलेss… शॉट कट में कहीं तss बाज़ार अभी भी ढ़ील बिया । खैर! दुर्गा पूजा के रंग तss चढिये जाई… अच्छा तss अब हम चल तानी नेक्स्ट वीक फिर मुलाक़ात होखी ... चलत चलत अब एगो ज्ञान के बात बता दीं कि... अगर राउर इss चाहत बाटे कि रउआ लोगन के दिल में ज़िंदा रहीं... तss हमार बात मान लीं... रउआ लोगन से उधार लेत रहीं आ ओकरा के चुकावे के नाम मत लिहीं... एss ही के साथ राउर इss रेडियो अउर टीवी वाला दोस्त राकेश कह रहल बाटेss टाटा ... बाय ... बाय … एतवार के मज़ा लिहल जाए|

RJ RAKESH

No comments:

Post a Comment