Friday, September 30, 2016

समाज्ञा - रविवार - 25th Sept, 2016

BHOJPURI WORLD NO. 17

आपन शहर कोलकाता में दुर्गा पूजा के काउंटडाउन शुरू हो गईल बा... माता रानी के स्वागत करे खाती भरपूर तैयारी हो रहल बा... पूजा क्लब्स के एक पल के भी फुर्सत नईखे... मूर्तिकार त मुश्किल से दिन भर में दू से चार घंटा के आराम टाइम निकाल रहल बा लोग| एने जम कर पूजा शौपिंग भी हो रहल बाटे... लेकिन आपसी बातचीत में जवन सबसे गरम टॉपिक बाटे उ ह कि पाकिस्तान इ का कर रहल बा... सबकर ज़ुबान पर एक ही सवाल बाटे कि पाकिस्तान के कब सबक सिखवाल जाई... का हमनी के देश कवनों कड़ा क़दम उठाई कि ना?... इ आतंकवादी कुल के सर्वनाश कब होखी? खैर! इहे सब के बीच में रेल बजट के आम बजट से मिलन हो गईल... अब देखे के इ बाटे कि एकरा से आम खाए वाली आम जनता के कवना हद तक फ़ायदा होखी| वोइसे रेल के कई गो रूट में, रेल के सफ़र आज की तारीख में भी नरक ही बाटे... जे सफ़र कईले बा उहे जानी, हाँ! एक बात हम दावे के साथ कह सकेनी कि रेल के इ दुर्दशा वाली बात कवनों नेता मंत्री के ना पता होखी, अब काहे? इ त रउओ जानेनी... ए से इ बात के हम एइजे छोड़ रहल बानी... चलीं आगे बढ़ल जाओ कुछ अउर बात कईल जाओ| अब कहीं त का कहीं अपना बंगाल में कांग्रेस के हालत देख के ना रोअत बन रहल बा ना हँसत... आज की तारीख में केहू के कवनों चुटकुला सुना द भा कांग्रेस से जुड़ल कवनों बात बता द... एक ही बात बाटे अउर अगर फेसबुक पर ज़्यादा से ज़्यादा लाइक बटोरे के मन कई दिहल त कुछ ना... बस राहुल जी से जुड़ल कवनों बात लिख द... फिर कमाल देखे के मिली| खैर! आपन शहर कोलकता धीरे धीरे दुर्गा पूजा की ओर बढ़ रहल बिया… सड़क मरम्मत के काम जोर शोर से चल रहल बा अउर ओने विपक्ष के कैंप में हलचल बाटे कि पूजा के बाद से उ लोग भी आपन संगठन के मज़बूत करिहें जा… वोइसे एक बात त ज़रूर बाटे कि आज की तारीख में अपना बंगाल में बामपंथी बन्धु बड़ा मुरझा के घुमेला लोग… हमरा कान में त इ बात भी आवेला कि आजकल उ लोगन के पार्टी कार्यालय में जम के आपसी तर्क होखेला... अब ए प का कहीं, कभी ख़ुशी कभी ग़म के दौर सबके तक़दीर में कबो ना कबो एंट्री ज़रूर लेवेला| त अब हम चल तानी… नेक्स्ट वीक फिर मुलाक़ात होखी… ठीक से रहब सभे… अपना से छतरी भा रेन कोट के दूर मत करब अभी… बरखा डार्लिंग के वक़्त… बे - वक़्त डांस चालू रही… चलत चलत अब एगो ज्ञान के बात बता दीं कि... बाक़ी दिन सुबह सुबह नींद के मारे आँख ही ना खुलेले... अउर छुट्टी वाला दिन त आँख अतना जल्दी खुल जाला कि जईसे हमरे अखबार बाटें जाएके बा भा लोगन के घर - घर दूध पहुँचावे के बा... एss ही के साथ राउर इss रेडियो अउर टीवी वाला दोस्त राकेश कह रहल बाटेss टाटा... बाय... बाय… एतवार के मज़ा लिहल जाए|

RJ RAKESH

fb: www.facebook.com/rjraakesh
email: rjrakesh@yahoo.com                                                                    



Monday, September 19, 2016

समाज्ञा - रविवार - 18th Sept, 2016

BHOJPURI WORLD N0. 16

शहर कोलकाता पर दुर्गा पूजा के हवा बह रहल बाटे लेकिन कहे वाला कह रहल बा कि अभी भी बाज़ार में उss रौनक नइखे देखाई दे रहल जवन पाहिले देखाई देत रहे... हाथ पर पईसा नइखे कि आदमी पाहिले के मुकाबले कंजूस हो गईल बा... सवाल हमरा दिमाग में कई तरह के आवत रहेला... का का बताईं अउर का का छुपाईं... बिहार में दारु प्रेमी के दुःख के बारे में अगर हम बात करब तss शायद सुबह से शाम हो जाई मगर बात ना ओराई| सिंगुर में किसान भाई आपन ज़मीन के कागज़ पा के सितम्बर के महीना में ही दीवाली मना लिहल हss लोग| लोग कह रहल बा कि अपना बंगाल में तरक्की के हवा त बह रहल बा लेकिन तरक्की कहीं लउकत नइखे... हमरा त बुझाला कि तरक्की के केहू नज़र लगा रहल बा... खैर ! जब जवन होखे के बाटे उss त होखबे करी अब देख ली मुलायम जी भले जतना कोशिश कई लेस उनकर परिवार में आपसी अशांति के डांस ड्रामा देखेके मिल रहल बाटे... भले अखिलेश भईया प्यार मोहब्बत के कहानी हमनी के सुनावत रहस... हकीक़त त कुछ अउर बाटे इ सबके पता चल रहल बा| अब नेता के बात छोड़ के तनी अभिनेता के बात कईल जाओ... अभी हाल ही में एगो फ़िल्म आईल रहे बार बार देखो... ए भईया गंगा मइया के कसम खा के कह सकेनी... एको बार मत देखिह इss फ़िल्म के... पईसा अउर समय दुनो के एक ही झटका में बर्बाद कई दी... समझ ल कि नहर में डूबा दीही| एने सुने में आ रहल बाटे कि मुलायम जी के परिवार में महाभारत जइसन युद्ध के तैयारी हो रहल बाटे... हमरा त बस एकर इंतज़ार बाटे कि कब केजरीवाल भईया कहिहें कि इss सब के पीछे मोदी जी के हाथ बाटे... का जी कवनों गलत बात हम नईखी नू कहत| अब देखि कहे के केहू कुछ भी कह सकेला कहे वाला आजकल इss भी कह रहल बाटे कि शाहरुख़ खान आजकल... बड़ा डेरायील – डेरायील रहेलन| हम त इहे सोचे में बिज़ी बानी कि केकर डर? सलमान के ना कि आमिर के? का जाने भाई केजरीवाल जी से पूछल जाई त उss कहिहें कि एकरो पीछे मोदी जी ही बाड़न| अब दिल्ली... मुंबई से हम तनी अब कोलकाता की ओर लौट रहल बानी... अब का करी? भले लोग कहे कि कोलकाता में आजकल कुछ नईखे रखल... मगर इ शहर में एगो अलग ए मज़ा बाटे, कवनों भी चाय के दोकान प चल जा... एक घंटा काss दू चार घंटा कईसे बीत जाई, पते न चली| मुहल्ला वाली चाय के दोकान से संसद के सीधा कनेक्शन बाटे... ओइजा हर तरह के बात होला| अगर रउआ कवनों चाय के दोकान पर डेली जाए वाला मुसाफ़िर हईं... त प्लीज़ हमरा के ईमेल कई के ज़रूर बताईब... ओइजा के बात हम हमार भोजपुरी वर्ल्ड के हिस्सा, ज़रूर बनायीब| दुर्गा पूजा खाती अगर शौपिंग नईखे भईल त अब कई लेवे के चाहीं... अच्छा तss अब हम चल तानी नेक्स्ट वीक फिर मुलाक़ात होखी ... समाज्ञा पढ़त रहीं ... खुद के संभाल के रखीं ... चलत चलत अब एगो ज्ञान के बात बता दीं कि... दिन भर शौपिंग कई के घर वापस आईल लईकी और बाल कटवा के घर वापस आईल लईका कबो खुश ना दिखे... एss ही के साथ राउर इss रेडियो अउर टीवी वाला दोस्त राकेश कह रहल बाटेss टाटा ... बाय ... बाय … एतवार के मज़ा लिहल जाए|

RJ RAKESH

fb: www.facebook.com/rjraakesh
email: rjrakesh@yahoo.com                                                                    


Sunday, September 11, 2016

समाज्ञा - रविवार - 11th Sept, 2016

BHOJPURI WORLD NO. 15

सितम्बर के महिना चल रहल बा... जब जब मौका मिल रहल बा बरखा रानी के साथ हम डांस भी खूब कर रहल बानी| मोदी जी कब कहाँ जा रहल बाड़न एss पर भी हमार नज़र खूब बाटे... नज़र के का कहीं राहुल भईया पर भी हम आपन नज़र गड़वले बानी... कि कब उss बिहा करिहें... कब हमार कांग्रेसी भाई लोग ख़ुशी के गीत गयीहें जा| हम भले देश भर में घुमत रहेनी मगर कोलकाता में हम रहेनी... अब कोलकाता के बारे में का कहीं... इ शहर के आपन एगो अलगे मज़ा बाटे... ट्राफिक सिग्नल पर अगर गाड़ी रुक जाई तss समझ ली कि मनोरंजन के जुगाड़ बाटे... गाना कान में आवे लागेला... मन मिजाज़ ठीक रहेला... जेब में चाहे जतनो पईसा रहे... काम धंधा चाहे जईसन भी चल रहल होखे... संगीत तss संगीत हss भाई... मन हरियर कई देला... संगीत के भाषा चाहे जवन भी होखे उss दिल तक आसानी से आपन रास्ता बना लेला| आजकल ट्राफिक सिग्नल पर गाड़ी रुक्तही रूप बदल के चन्दा मांगे वालन के भीड़ आँख के सामने आ जाला... आss इ कारनामा अतना बढ़ गईल बाटे कि पूँछी मत... हमरा ख्याल से अपना शहर के हर नागरिक इ बात के मानी कि भाई इ कुछ ज़्यादा ही हो रहल बाटे... एकर कवनों उपाए होखे के चाहीं| ट्राफिक सिग्नल पर बचपन के जब भीख मांगत देखेनी तss दिल हमार काँप जाला... मगर इ चंदा बटोरे वाला हरकत जब भी देखेनी तss खाली इहे सोचेनी कि का ट्राफिक सिग्नल पर मौजूद पुलिस वाला भाई लोग कुछ कर सकेला कि ना| मन में हमार कई तरह के सवाल आवेला कि का पुलिस कुछ कर सकी भी की ना... अब का कहीं पुलिस पर कतना भरोसा करी इ विषय पर तानी चिंतन के ज़रुरत बाटे... का जी हम कुछ गलत नईखी नू कहत? आजकल मूड बना के रहला में ही एक्स्ट्रा समझदारी बाटे... मुसकुरात रss हss... फेसबुक और ट्विट्टर पss  लागल रss हss... नेटवर्क आपन बढ़ावत रss हss... इ हेss फंडा बाटे... आ जेकरा इ  नइखे मालूम कि फेसबुक और ट्विट्टर कवन चिड़िया के नाम हss, तss उss कवनो भी क्लास VII के छात्र...  भा ओss से ऊपर पढ़े वाला कवनोss छात्र से पूछ लीss सभे, रउआ सब जान जाईब कि इss का हss| आज कल तss  मोबाइल फ़ोन के ज़रिये भी फेसबुक और ट्विट्टर पss लोग अझुराईल रहेला लोग| नया ज़माना... नया तरिका... ज़िन्दगी ना मिलेगी दोबारा... फेसबुक... होखे भा व्हाट्सएप्प... पsss बस... एंट्री लेss लss आss आपन आपन लाइफ के जीss लss... इss हेss लेटेस्ट मंत्र बन गईल बाटे... काss नेता... काss अभिनेता... आजकल सभे के इss कीड़ा कटले बाटेss... राउर इss रेडियो वाला दोस्त राकेश भी फेसबुक पss मन्डरात रहेला... हम  फेसबुक पss RJ Rakesh के नाम से मिल जाईब| आजकल आपन शहर कोलकता... दुर्गा पूजा के रंग में रंग चुकल बाटेss... हर तरफ तैयारी में लोग लागल बाटे... पूजा शौपिंग भी ज़ोर शोर से चल रहल बाटे... रउआ  सभे भी पूजा प्लान बना ली कि काss करे के बाटे... हम तss हर दुर्गा पूजा पss नज़र रख रहल बानी... अगर रउआ लागे कि राउर पाड़ा के क्लब भा रउआ जहां रहेनी ओइजा कवनो दुर्गा पूजा के आयोजन हो रहल बिया... आss रउआ उss पूजा के बात सभ के बतावे चाहss तानीss तsss प्लीज़ हमरा के ईमेल कई  दी ... हमार ईमेल आईडी हss rjrakesh@yahoo.com| अच्छा तss अब हम चल तानी नेक्स्ट वीक फिर मुलाक़ात होखी ... समाज्ञा पढ़त रहीं ... खुद के संभाल के रखीं ... चलत चलत अब एगो ज्ञान के बात बता दीं कि... अगर केहू सुबह नौ बजे सूत के नींद से जागेला तss एकरा मतलब इ ना कि उss आलसी ह... अरे भाई ओकर सपना भी तss बड़ हो सकेला... एss ही के साथ राउर इss रेडियो अउर टीवी वाला दोस्त राकेश कह रहल बाटेss टाटा ... बाय ... बाय … एतवार के मज़ा लिहल जाए|

RJ RAKESH 

www.facebook.com/rjraakesh                                                                               

Monday, September 5, 2016

समाज्ञा - रविवार - 4th Sept, 2016

BHOJPURI WORLD NO. 14 

बड़ बुज़ुर्ग से सुनले बानी कि अगर राजनीति में सच्चाई डाल दिहल जाओ तss उss सच्चाई ना रह जाला… अब इss बात हमरा दिमाग में काहे आईल हss एकर कवनों एगो वजह नईखे… अब कहाँ से शुरू करी? बड़ा समस्या बाटे! अब कहे वाला कह रहल बाटे कि अपना देश में जवन भी समस्या दिखाई दे रहल बा वोकरा पीछे कहीं ना कहीं कवनों नेता के हाथ ज़रूर बाटे… रउआ ईss बारे में का सोचेनी ईss तss हम ना बता सकेनी… हम तss फिलहाल इहे बतावे के मूड में बानी कि काश हमनी के भारत के भ्रष्ट नेता गण से छुटकारा मिल जाइत… एने कुछ लोगन के तss इss भी कहनाम बाटे कि अबकी पूजा बाज़ार में उss बात ना रही जवन आज से पांच साल पहीले तक के पूजा बाज़ार में रहत रहे... खैर! अभी समय बाटे... रउआ सभे भी दुर्गा पूजा प्लान बना लीss कि काss करे के बाटे... हम तss हर दुर्गा पूजा पss नज़र रख रहल बानी... अगर रउआ लागे कि राउर पाड़ा के क्लब भा रउआ जहां रहेनी ओइजा कवनो दुर्गा पूजा के आयोजन हो रहल बिया... आss रउआ उss पूजा के बात सभ के बतावे चाहss तानीss तss प्लीज़ हमरा के इमेल कई दी… एने खबर आ रहल बाटे कि अपना कोलकाता में... मछरन के अत्याचार भी कम नईखे लेकिन चक्कर तss इss बाटे कि मछर के मारी के?... काहे किss रउआ सभे जानss तानीss कि एक मछर इंसान के काss से काss ना बना सकेला... हमरा तss बुझाता कि अगर अपना शहर में मछर के तांडव बढ़ल बाटेss तss उss खाली एही से कि ओकरा के मारे के रिस्क केहू लेवे नइखे चाहत... अब देखी परिवर्तन तss सब ना नूss अपना सकेला भाईss | अब का कहीं। अपना देश में घपला और घोटाला के मेला तss लागल रहेला.... आss वो पss से सनी लियॉन जइसन आइटम के तड़का भी मिल जाला तss दिल एकदम से गार्डन गार्डन हो जाला... और कहींss भूले से आपन लालू जी के कुछ बात कहे के मौका मिल गईल तss बस पूछीss मत... करेजा तss झूमे लागेला... दिल्ली हो भा बिहार लालू जी जब भी आपन मुह खोलेलनss... इss महंगाई के दौर में भी चेहरा पss हंसी आइए जालाss... हम तss कहब हे! भगवान्ss... लालू जी के अइसहीं बनवले रखीहss... अरे! भाई हँसे के मौका तss मिलत रहीss... वरना उहे न्यूज़ चैनल पss कॉमेडी शो देखे के पड़ीss… अउर हाँ! एगो अउर बात… अखिलेश भईया में राज्य चलावे के आईडिया नइखे इss बात अब ज़ोर पकड़ रहल बाटे… भाजपा के मानी तss अखिलेश भईया के नाव समझ लीं कि डूब गईल बिया… सोचीं सोचीं… कि राजनीति कवन चिड़िया के नाम हss… अब का कहीं कहे के तss बहुत कुछ बाटे… खैर! जाएंss तोss जाएंss कहाँss इहे गाना के अपना होठ पss बसा के हम आपन समय बितावे के कोशिश करेनी अब रउए कहीं हम का करीss... महँगाई अतना दिमाग के दही बना रहल बाटे कि कुछ समझ में ही नइखे आवत... सब्जी बाज़ार से लेकर शौपिंग मॉल तक... हर तरफ एक ही कहानी बाटेss... आजकल बाज़ार में भीड़ तss हो जाता लेकिन केहू भी आपन हाथ अपना जेब में डाले से पहीले बीस बार सोचे लागता... हमरा कान में इss बात भी आ रहल बाटे कि केजरीवाल जी के फैन्स हमरा से कुछ नाराज़ बा लोग… अरे भाई! नाराज़गी में का रखल बा… केजरीवाल जी पॉपुलर बनल रहस ईss तss हमहुँ चाहेनी… तss अब हम चलss तानी … नेक्स्ट वीक फिर मुलाक़ात होखी … ठीक से रहब सभे … अपना से छतरी भा रेन कोट के दूर मत करब अभी … बरखा डार्लिंग के वक़्त… बे-वक़्त डांस चालू रही… चलत चलत अब एगो ज्ञान के बात बता दीं कि... खीस बरल... अगर मर्द होखे के निशानी हss तss इss जान ली कि खीस के पीअल... पति होखे के निशानी हss... एss ही के साथ राउर इss रेडियो अउर टीवी वाला दोस्त राकेश कह रहल बाटेss टाटा ... बाय ... बाय … एतवार के मज़ा लिहल जाए|

RJ RAKESH

समाज्ञा - रविवार - 28th Aug, 2016

BHOJPURI WORLD NO. 13

आपन शहर कलकत्ता … अबकी 24th अगस्त, 2016 के 326 साल के नौजवान बन गईल … आगे कलकत्ता के तक़दीर में का बाटे ईsss तsss वक़्त ही बतायी … फिलहाल का बताईं ? सी. बी. आई के काम करे के स्टाइल हम आम आदमी के समझ से सांचो बाहर बाटें… कुछ बुझात ए नइखे कि के कब कवन केस में पकड़ाई आ कब के आज़ाद पंछी बन जाई खैर! काss काss देखी और काss काss सूनी? कवनss कवनss बात पर आपन नज़र राखी? सोचे में काफी टाइम निकल जा रहल बाटे... समझल तनी मुश्किल हो गईल बाss... कतनाss मुश्किल कैसे बतायी? धई लीss कि जेठ के महीना में बिना अंगोछा केss... अगर दू - चार कोस पैदल चले के पड़ेss... खेत के पगडण्डी पकड़ केss... तss का हाल होखीss... हमार बात हम रउआ के घूमा फिरा के अब ना समझा केss... सीधे सीधे कह देतानीss... घपला और घोटाला में जे जे बा… उss उss ज़रूर पकड़ाए के चाहीं… अउर बड़ से बड़ सज़ा भी होखे के चाहीं… काss जी! कवनों गलत सोच हमरा दिमाग में नइखे नूss आ रहल बा... अगर होखी तss हमरा के इमेल कई के बता देब... सुधारे लायक कुछ होखी तss हम हउँ सुधार लेब... गंगा मईया के कसम हम कवनों नेता थोड़े ही हयींsss कि आपन बात से मुकर जाईब... भा निमन बात सीखला में हमरा कवनों प्रोब्लम बाटेss | कहे के तss मन में बहुत कुछ बाटे मगर काss काss कहीं अब रउए कहीं कि कहींss… भ्रस्टाचार  के बात शुरू करब तब भोर से रात हो जाई… संसद भवन की ओर जब भी आपन नज़र घुमावेनी … एक से बढ़कर एक नायाब कोहिनूर देखे के मिल जाला लेकिन एक से बढ़कर एक नटवर लाल भी देखाई दे जाला अब का… कतना खुल के बात करीं… अब देखी हम जतना भी बड़ बुज़ुर्ग के चीन्हेनीss भाss जानेनी सब कर इsss हेsss कहनाम बाटे कि काँग्रेसी भाई लोगन के दिमाग चाचा चौधरी से भी तेज़ चलेलाss... और इss बात तss हम बचपन से सुनत आ रहल बानीss कि चाचा चौधरी के दिमाग कंप्यूटर से भी तेज़ चलेला... अब निमन की ओर की बाउर की ओर ईss रउआ हमरा से बेहतर जानब। महंगाई के तुलना अब हम केकरा से करी… इहे हमार समझ से बाहर बाटे… बुझात इss नइखे कि केकर  ध्यान आजकल कहवाँ बाटेss… स्वीस बैंक के खाता पर कि संसद भवन के कवनों और कुर्सी पर? जब जब हमार नज़र भारतीय जनता पार्टी पर पड़तियाss… हमरा बुझाता कि हम कवनों प्राइमरी स्कूल के प्ले ग्राउंड में आ गईल बानी … कबो हंसीं आवता तss कबो कुछ अउर… नरेन्द्र जी के मेहनत करत देख रहल बानी तss अडवाणी जी के बिना फॉर्म वाला क्रिकेटर के रूप में पाss रहल बानी … भाजपा के वरुण बबुआ तss रणजी क्रिकेट के स्तर तक नइखन पहुँचल हम उनकरा से टेस्ट क्रिकेट के उम्मीद कईसे करीं… अपना बंगाल में भाजपा के बारे में काss कहीं वोकर हाल और आजकल के 'ई एम बाई पास' के हाल जईसन हो गईल बाटे… अरे! भाई शॉट कट में कहीं तss भले ही राजनीति में लोग राहुल राहुल केहू कातना भी कह ले… इss राहुल नाम से कुछ होखी कि ना कहल बड़ा मुश्किल बाटे… स्मार्ट नाम के मतलब इss ना होखेला कि उss बन्दा भी स्मार्ट फोन नियन काम करी… आजकल जे भी स्मार्ट फोन के इस्तेमाल करेला उss इss बात से वाकिफ़ बाटे की स्मार्ट फ़ोन भी बहुते हैंग करेली सss। आपन शहर कोलकाता के बात करीं तss इss कहब कि आवेवाली दुर्गा पूजा के तैयारी में सरकार आपन क़दम उठा लेले बिया… लेकिन पूजा शौपिंग अभी भी ज़ोर नईखे पकडलेss… शॉट कट में कहीं तss बाज़ार अभी भी ढ़ील बिया । खैर! दुर्गा पूजा के रंग तss चढिये जाई… अच्छा तss अब हम चल तानी नेक्स्ट वीक फिर मुलाक़ात होखी ... चलत चलत अब एगो ज्ञान के बात बता दीं कि... अगर राउर इss चाहत बाटे कि रउआ लोगन के दिल में ज़िंदा रहीं... तss हमार बात मान लीं... रउआ लोगन से उधार लेत रहीं आ ओकरा के चुकावे के नाम मत लिहीं... एss ही के साथ राउर इss रेडियो अउर टीवी वाला दोस्त राकेश कह रहल बाटेss टाटा ... बाय ... बाय … एतवार के मज़ा लिहल जाए|

RJ RAKESH

समाज्ञा - रविवार - 21st Aug, 2016

BHOJPURI WORLD NO. 12

भारत में हर तरफ ज्ञान बट रहल बाटे ... बस लेवे वालन के कमी बा ... नेता से लेकर अभिनेता तक सभे ज्ञान बाटे में बिज़ी बाड़न जा ... डुप्लीकेट साधू संत के तss भरमार हो गईल बाटे ... एक बार टीवी चालू कई लss ... ओकरा बाद तss देख तमाशा देख| आजकल कुछ कुछ पत्रकार भी ज्ञान देवे में बिज़ी बा लोग ... एगो नेशनल लेवल के महिला पत्रकार तss अपना आपके का पता ना का समझेली ... इss शायद भगवान ही बता सकिहें ... हमरा कान में एगो बात आईल हss कि उss ओलंपिक्स के लेके फंडा डेट रहली ... अब इss  उनकरा कब समझ में आई कि खेल के मैदान के बाहर से बईठ के ज्ञान दिहल बहुत आसान हss ... मैदान के अन्दर जा के खेलल कतना मुश्किल हss ... मैडम के अगर एक हाली तेज़ी से 100 मीटर दौड़े के कह दिहल जाओ ... तss पता ना कि उनकर का होई ... खैर ! इss बात हमार कई दोसर पत्रकार दोस्तन के दिमाग में भी एंट्री नईखे ले पावत ... अब केकर केकर बारे में हम बात करीं ... इss दुनिया में हर तरह के आईटम मिलेला| कुछ कुछ लोगन के इss कहे में तानिकियो देर ना लागे कि जवन देश में एक सौ बीस करोड़ से ज़्यादा लोग रहेलन उss देश काहे सौ गो ओलंपिक्स के मेडल नईखे ले सकत ... भाई इss चर्चा के विषय ज़रूर हss ... लेकिन इss बात भी गौर करेवाली बिया कि हमनी के खिलाड़ी कुल ओलंपिक्स के मैदान ए जंग में पाहिले से बेहतर प्रदर्शन कर रहल बा लोग ... सोच के देखीं कि अबकी दीपा कर्मकार जिम्नास्टिक्स में कतना अच्छा खेल देखइली हss ... भारत इss लेवल तक पहुंची के सोचले रहे ... अरे हार जीत तss लागल रहेला ...  अब देखीं हरयाणा के लाडली ब्रोंज़ मेडल जीत के भारत के नाम रौशन कईली कि ना ... हाँ ! सोचे वाली बात इss बिया कि भारत की ओर से खिलाड़ियन के अलावा कतना सरकारी बाबू इss दौरा पर गईल बा लोग| रउआ अगर इss विषय पर कुछ कहे चाहब तss प्लीज़ हमरा के इमेल कई देब| ओइसे रउआ आपन दिल के कवनों भी बात हमरा से शेयर कर सकेनी ... इss हमार वादा हss रउआ सभे से ... अगर इजाज़त मिली तss हम दुनिया के बताईब ... आ ना तss बात खाली हमरे दिल तक रह जाई| हमार दिल के अन्दर हर तरह के बात बाटे ... कश्मीर से लेके कन्याकुमारी तक ... आ जब कश्मीर के बात चलल बा तss इss हमरा कही के पड़ीss कि कश्मीर के लेके बहुत कुछ पढ़ले बानी और बहुत कुछ सुनले भी बानी लेकिन आज तक हमरा इss नाss बुझाईल कि काहे केहू अभी भी इss सोच लेला कि कश्मीर भारत के हिस्सा नाss हss ... भाई हम तss बचपन से फ़िल्म देखत आ रहल बानी ... सैकड़ो बॉलीवुड फ़िल्म में देखले बानी कि कश्मीर के भाई लोग बड़ा सिंपल होखेला ... हमरा इss नइखे बुझात कि इss सिंपल दिल वाला के अइसन का भईल कि ओइजा के माहौल गरमा गईल ... खैर ! कश्मीर के बात के एइजे छोड़ी ... आगे की ओर बढ़ल जाओ ... आज हमरा जिम्मे बहुत काम बाटे ... एगो क्लब में लंच बा ओइजो जाएके बाटे ... तss अब हम चल तानी नेक्स्ट वीक फिर मुलाक़ात होखी ... चलत चलत अब एगो ज्ञान के बात बता दीं कि ... जीवन के एगो कठोर सत्य ... जब कवनों शादी – शुदा आदमी कहे कि सोच के बताईब तss ओकर सीधा मतलब इss होला कि उss जनाब आपन वाईफ से पूछ के बतईहें ... एss ही के साथ राउर इss रेडियो अउर टीवी वाला दोस्त राकेश कह रहल बाटेss टाटा ... बाय ... बाय … एतवार के मज़ा लिहल जाए|
 
RJ RAKESH

www.facebook.com/rjraakesh