Monday, September 5, 2016

समाज्ञा - रविवार - 21st Aug, 2016

BHOJPURI WORLD NO. 12

भारत में हर तरफ ज्ञान बट रहल बाटे ... बस लेवे वालन के कमी बा ... नेता से लेकर अभिनेता तक सभे ज्ञान बाटे में बिज़ी बाड़न जा ... डुप्लीकेट साधू संत के तss भरमार हो गईल बाटे ... एक बार टीवी चालू कई लss ... ओकरा बाद तss देख तमाशा देख| आजकल कुछ कुछ पत्रकार भी ज्ञान देवे में बिज़ी बा लोग ... एगो नेशनल लेवल के महिला पत्रकार तss अपना आपके का पता ना का समझेली ... इss शायद भगवान ही बता सकिहें ... हमरा कान में एगो बात आईल हss कि उss ओलंपिक्स के लेके फंडा डेट रहली ... अब इss  उनकरा कब समझ में आई कि खेल के मैदान के बाहर से बईठ के ज्ञान दिहल बहुत आसान हss ... मैदान के अन्दर जा के खेलल कतना मुश्किल हss ... मैडम के अगर एक हाली तेज़ी से 100 मीटर दौड़े के कह दिहल जाओ ... तss पता ना कि उनकर का होई ... खैर ! इss बात हमार कई दोसर पत्रकार दोस्तन के दिमाग में भी एंट्री नईखे ले पावत ... अब केकर केकर बारे में हम बात करीं ... इss दुनिया में हर तरह के आईटम मिलेला| कुछ कुछ लोगन के इss कहे में तानिकियो देर ना लागे कि जवन देश में एक सौ बीस करोड़ से ज़्यादा लोग रहेलन उss देश काहे सौ गो ओलंपिक्स के मेडल नईखे ले सकत ... भाई इss चर्चा के विषय ज़रूर हss ... लेकिन इss बात भी गौर करेवाली बिया कि हमनी के खिलाड़ी कुल ओलंपिक्स के मैदान ए जंग में पाहिले से बेहतर प्रदर्शन कर रहल बा लोग ... सोच के देखीं कि अबकी दीपा कर्मकार जिम्नास्टिक्स में कतना अच्छा खेल देखइली हss ... भारत इss लेवल तक पहुंची के सोचले रहे ... अरे हार जीत तss लागल रहेला ...  अब देखीं हरयाणा के लाडली ब्रोंज़ मेडल जीत के भारत के नाम रौशन कईली कि ना ... हाँ ! सोचे वाली बात इss बिया कि भारत की ओर से खिलाड़ियन के अलावा कतना सरकारी बाबू इss दौरा पर गईल बा लोग| रउआ अगर इss विषय पर कुछ कहे चाहब तss प्लीज़ हमरा के इमेल कई देब| ओइसे रउआ आपन दिल के कवनों भी बात हमरा से शेयर कर सकेनी ... इss हमार वादा हss रउआ सभे से ... अगर इजाज़त मिली तss हम दुनिया के बताईब ... आ ना तss बात खाली हमरे दिल तक रह जाई| हमार दिल के अन्दर हर तरह के बात बाटे ... कश्मीर से लेके कन्याकुमारी तक ... आ जब कश्मीर के बात चलल बा तss इss हमरा कही के पड़ीss कि कश्मीर के लेके बहुत कुछ पढ़ले बानी और बहुत कुछ सुनले भी बानी लेकिन आज तक हमरा इss नाss बुझाईल कि काहे केहू अभी भी इss सोच लेला कि कश्मीर भारत के हिस्सा नाss हss ... भाई हम तss बचपन से फ़िल्म देखत आ रहल बानी ... सैकड़ो बॉलीवुड फ़िल्म में देखले बानी कि कश्मीर के भाई लोग बड़ा सिंपल होखेला ... हमरा इss नइखे बुझात कि इss सिंपल दिल वाला के अइसन का भईल कि ओइजा के माहौल गरमा गईल ... खैर ! कश्मीर के बात के एइजे छोड़ी ... आगे की ओर बढ़ल जाओ ... आज हमरा जिम्मे बहुत काम बाटे ... एगो क्लब में लंच बा ओइजो जाएके बाटे ... तss अब हम चल तानी नेक्स्ट वीक फिर मुलाक़ात होखी ... चलत चलत अब एगो ज्ञान के बात बता दीं कि ... जीवन के एगो कठोर सत्य ... जब कवनों शादी – शुदा आदमी कहे कि सोच के बताईब तss ओकर सीधा मतलब इss होला कि उss जनाब आपन वाईफ से पूछ के बतईहें ... एss ही के साथ राउर इss रेडियो अउर टीवी वाला दोस्त राकेश कह रहल बाटेss टाटा ... बाय ... बाय … एतवार के मज़ा लिहल जाए|
 
RJ RAKESH

www.facebook.com/rjraakesh

       

No comments:

Post a Comment