BHOJPURI WORLD NO. 15
सितम्बर के महिना चल रहल बा... जब जब मौका मिल रहल बा बरखा रानी के साथ हम डांस भी खूब कर रहल बानी| मोदी जी कब कहाँ जा रहल बाड़न एss पर भी हमार नज़र खूब बाटे... नज़र के का कहीं राहुल भईया पर भी हम आपन नज़र गड़वले बानी... कि कब उss बिहा करिहें... कब हमार कांग्रेसी भाई लोग ख़ुशी के गीत गयीहें जा| हम भले देश भर में घुमत रहेनी मगर कोलकाता में हम रहेनी... अब कोलकाता के बारे में का कहीं... इ शहर के आपन एगो अलगे मज़ा बाटे... ट्राफिक सिग्नल पर अगर गाड़ी रुक जाई तss समझ ली कि मनोरंजन के जुगाड़ बाटे... गाना कान में आवे लागेला... मन मिजाज़ ठीक रहेला... जेब में चाहे जतनो पईसा रहे... काम धंधा चाहे जईसन भी चल रहल होखे... संगीत तss संगीत हss भाई... मन हरियर कई देला... संगीत के भाषा चाहे जवन भी होखे उss दिल तक आसानी से आपन रास्ता बना लेला| आजकल ट्राफिक सिग्नल पर गाड़ी रुक्तही रूप बदल के चन्दा मांगे वालन के भीड़ आँख के सामने आ जाला... आss इ कारनामा अतना बढ़ गईल बाटे कि पूँछी मत... हमरा ख्याल से अपना शहर के हर नागरिक इ बात के मानी कि भाई इ कुछ ज़्यादा ही हो रहल बाटे... एकर कवनों उपाए होखे के चाहीं| ट्राफिक सिग्नल पर बचपन के जब भीख मांगत देखेनी तss दिल हमार काँप जाला... मगर इ चंदा बटोरे वाला हरकत जब भी देखेनी तss खाली इहे सोचेनी कि का ट्राफिक सिग्नल पर मौजूद पुलिस वाला भाई लोग कुछ कर सकेला कि ना| मन में हमार कई तरह के सवाल आवेला कि का पुलिस कुछ कर सकी भी की ना... अब का कहीं पुलिस पर कतना भरोसा करी इ विषय पर तानी चिंतन के ज़रुरत बाटे... का जी हम कुछ गलत नईखी नू कहत? आजकल मूड बना के रहला में ही एक्स्ट्रा समझदारी बाटे... मुसकुरात रss हss... फेसबुक और ट्विट्टर पss लागल रss हss... नेटवर्क आपन बढ़ावत रss हss... इ हेss फंडा बाटे... आ जेकरा इ नइखे मालूम कि फेसबुक और ट्विट्टर कवन चिड़िया के नाम हss, तss उss कवनो भी क्लास VII के छात्र... भा ओss से ऊपर पढ़े वाला कवनोss छात्र से पूछ लीss सभे, रउआ सब जान जाईब कि इss का हss| आज कल तss मोबाइल फ़ोन के ज़रिये भी फेसबुक और ट्विट्टर पss लोग अझुराईल रहेला लोग| नया ज़माना... नया तरिका... ज़िन्दगी ना मिलेगी दोबारा... फेसबुक... होखे भा व्हाट्सएप्प... पsss बस... एंट्री लेss लss आss आपन आपन लाइफ के जीss लss... इss हेss लेटेस्ट मंत्र बन गईल बाटे... काss नेता... काss अभिनेता... आजकल सभे के इss कीड़ा कटले बाटेss... राउर इss रेडियो वाला दोस्त राकेश भी फेसबुक पss मन्डरात रहेला... हम फेसबुक पss RJ Rakesh के नाम से मिल जाईब| आजकल आपन शहर कोलकता... दुर्गा पूजा के रंग में रंग चुकल बाटेss... हर तरफ तैयारी में लोग लागल बाटे... पूजा शौपिंग भी ज़ोर शोर से चल रहल बाटे... रउआ सभे भी पूजा प्लान बना ली कि काss करे के बाटे... हम तss हर दुर्गा पूजा पss नज़र रख रहल बानी... अगर रउआ लागे कि राउर पाड़ा के क्लब भा रउआ जहां रहेनी ओइजा कवनो दुर्गा पूजा के आयोजन हो रहल बिया... आss रउआ उss पूजा के बात सभ के बतावे चाहss तानीss तsss प्लीज़ हमरा के ईमेल कई दी ... हमार ईमेल आईडी हss rjrakesh@yahoo.com| अच्छा तss अब हम चल तानी नेक्स्ट वीक फिर मुलाक़ात होखी ... समाज्ञा पढ़त रहीं ... खुद के संभाल के रखीं ... चलत चलत अब एगो ज्ञान के बात बता दीं कि... अगर केहू सुबह नौ बजे सूत के नींद से जागेला तss एकरा मतलब इ ना कि उss आलसी ह... अरे भाई ओकर सपना भी तss बड़ हो सकेला... एss ही के साथ राउर इss रेडियो अउर टीवी वाला दोस्त राकेश कह रहल बाटेss टाटा ... बाय ... बाय … एतवार के मज़ा लिहल जाए|

No comments:
Post a Comment