BHOJPURI WORLD NO. 3
कई
दिन से बरखा रानी के तेवर देख के बुझाता कि अबकी भीगे के मौका खूब मिली | हम तss हमेशा
से इहे सुनले बानी कि गर्मी से राहत मिल जाए ... महंगाई से राहत मिल जाए ... भ्रष्ट
नेता से राहत मिल जाए ... एss से ज़्यादा अउर भला आम खाए वाला आम आदमी के का चाहीं
| एगो बात कहींss रउआ दिल पर हाथ राख के कहीं कि आज कि तारीख में जब जेब से खलिसे
पंद्रह रुपया निकाले पड़ेला एक किलो भिन्डी ख़रीदे खाती तss कतना मज़ा मिलेला | सवाल
कवनों हम ग़लत नईखी नू उठवले ... खैर ! हम बाज़ार में कुछ कुछ सब्ज़ी बेचे वालन के
देखले बानी कि उss लोग कभी भी सही वज़न तौल के सामान ना बेचेला | कुछ भी खरीद लss
कतना भी खरीद लss ... आम आदमी के गर्दन बाज़ार में केहू ना केहू कटबे करी | मछली
बाज़ार में तss डकैत बैठाल बाड़ सss ... एक दू जाना सही वज़न देला बाक़ी तss पूछी मत |
अब एकरा के कईसे ठीक कईल जाई इहेss आजकल हम सोच रहल बानी ... बार बार एक ही सवाल
दिमाग में घूम रहल बाटे कि … के इss लोगन
के समझाई? के इsss लोगन के सही रास्ता पsss ले आई? अब इsss तsss ऊपर वाला ही बता सकिहें | उपरवाला से एगो बात याद आईल बाटे
कि दू दिन पाहिले हम अपना मोटर बाइक से साल्ट लेक जात रहनी ... साऊथ कोलकाता के
अलीपुर से निकलनी ... फ्लाई ओवर पकड़ के पार्क सर्कस पहुंचनी ... ओइजा से फिर फ्लाई
ओवर पकड़नी ... कसम गंगा मईया के, जब ऊंचाई पर पहुंचनी ... डर लागत रहे भाई ...
एहिमे में देखनी कि एगो बाइक बीच फ्लाई ओवर पर खड़ा बिया ... और तीन जाना सिगरेट के
धुंआ उड़ावे में बिज़ी बा लोग ... उsss लोगन के देख के लागल कि उमर उss लोगन के होखी
तss बहुत ज़्यादा चौदह से पंद्रह साल | मन में हमार कई तरह के सवाल आईल ... सब सवाल
के गोली मरनी अउर आगे बढ़ गईनी एगो पुरान फिल्म के गाना गुनगुनात ... गाना रहे
“मैंss ज़िन्दगीss काss साथss निभाता चलss गयाss हरss फिक्रss कोss धुंएss मेंss
उड़ाताss चलाss गयाss” | हम मॉर्निंग वाक खाती रविन्द्र सरोवर लेक में जानी ... योग
भी ओइजे करेनी | आजकल लेक के सजावे अउर सँवारे के काम खूब तेज़ी से चल रहल बाटे
लेकिन एगो काम कुछ ज़्यादा ही जोर शोर से चल रहल बाटे ... उss हss भोर के इश्क
प्यार अउर मोहब्बत ... सनी लिओन स्टाइल में ... सुनले बानी कि अन्हार होखला के बाद
उss जगह एगो अलगे रूप ले लेला | जब तक रउआ
सभे खुद अपना आँख से ना देखब रउआ यकीन न होखी | केहू रोके वाला नइखे इss चीज़ के
... हमरा के ओइजा कुछ मॉर्निंग वाक खाती आईल सिनिअर सिटिज़न कहल लोग कि तनी एकर
शिकायत होखे के चाहीं ... मर्यादा के उलंघन ना होखे एकरा खाती कवनों उपाय होखे के
चाहीं | अब रउए बताईं हम ठहरनी आम आदमी हमार बात के मानी ... खैर ! उम्मीद पss
दुनिया कायम बिया ... इss बात हम कुछ खासम
ख़ास लोग के कान में ज़रूर पहुचायीब ... ओकरा बाद देखीं का होखता ... इश्क़ लेक के
कवन गेट से कूद के भागता | अच्छा तss अब हम हौं भागss तानी नेक्स्ट वीक फिर मुलाक़ात होखी ... चलत चलत अब एगो ज्ञान के बात बता दीं कि न्यूज़ चैनल और बीवी भा गर्ल फ्रेंड
में एगो बात कॉमन बाटे ... जब तक इss, एक ही बात के दस हाली ना बतईहें जा तब तक
इन्करा चैन ना मिली| एss ही के साथ राउर इss रेडियो अउर टीवी वाला दोस्त राकेश कह रहल बाटेss टाटा ... बाय ... बाय … एतवार के मज़ा लिहल जाए |
RJ RAKESH

No comments:
Post a Comment