BHOJPURI WORLD NO. 21
का कहीं? कहाँ
से बात शुरू करीं? दीवाली के हर दिया के रौशनी राउर ज़िन्दगी के रौशन कई दे… का होखी अपना देश में कहल बड़ा मुश्किल बाटे... आगे मोदी जी से धमाका होखी कि धमाल… ई त रउआ
हमरा से बेहतर ही जानब हम त फिलहाल ईहे जानब कि नितिश बाबू आजकल बड़ा टेंशन में बाडन... हम का ई त केहु भी बता सकेला… एने हम अपना बंगाल के बारे में जतना सोच तानी ओतने
टेंशन हो जाता... का करी केने जाईं... कुछ बुझात नइखे... खैर! दीवाली... दिल के का हाल कर रहल बा… ई त रउआ भी समझ रहल बानी… जेब के दीवाला निकल रहल बाटे... हर एक दिया जलावे घड़ी शायद इ हे ख्याल
दिमाग में बार-बार आयी कि अब महंगाई के मार कवना रूप में आयी... कवन तरीका
से आयी... पता ना? हम होम लोन के 'इएम्आई' के रावण
समझी कि कवनो फ़िल्मी विलेन... इ बुझात नइखे? हमरा त बस इss हे बुझाता
कि महंगाई के इ समय जतना जल्दी खत्म हो जाए वोतनेs अच्छा| वैसे! भारत के कुछ कुछ राज्य चलावे के जवन तरीका देख तानी वोसे एक बात त साफ़ बाटे कि अगर सर्कस कंपनी के कवनों शो हो रहल बिया... आज
कल हर पार्टी में कॉमेडी करे लायक नेता बाटे... डरामाबाज़ नेता बाटे... इमोशनल अत्याचार करे वाला अउर सहे वाला लाखों कार्यकर्ता बाटे... साच मानी त हमनी के इ पॉलिटिकल
पार्टी... कवनो भी बॉलीवुड फिल्म कंपनी के मात दे सकेले... हमरा खायाल से अगर इ तमाम पॉलिटिकल पार्टी प कवनो फिल्म बनावल जाए त उ बहुत बड़ हिट साबित होखी... अब रउआ सभे कहब कि इ तू का
नया कह रहलबाड़... त हम खाली अतने कहब कि कई बात के दोहराव्ला में बड़ा मज़ा
आवेला... लेकिन हमार दिल अउर दिमाग
दुनो पता ना! काहे इ बार-बार हमरा से कह रहल
बाटे कि शायद अब सब कुछ ठीक हो
जाई... अब एकर क्रेडिट मोदी जी के
नाम प जाई भा राहुल भइया के नाम
प जाई कि केहू अउर के नाम प इ त वक़्त ही बतायी| अबकी दीवाली
आवे के पाहिले से ही हमरा कान में खाली एक ही बात आईल बाटे कि भाई! अबकी बार अगर
केहू कान फोडू आवाज़ वाली पटाखा
फोड़त पकड़ा गईल त उ दीवाली के रात हवालात के हवा खात ही
बिताई... ऐसे हम त ईहे कहब कि भईआ… तनी संभल के... कान में ई बात आईल बाटे कि… अबकी पुलिस आसमान से भी उतर के नीचे आ सकेले। त हम अब चलतानी... चलत
चलत अब एगो ज्ञान के बात बता दीं कि... आपन बारे में कबहुं बुरा मत सोचीं...
काहे कि इ नेक काम खाती भगवान् जी... रिश्तेदार अउर पड़ोसी कुल के अनलिमिटेड दे
रखले बाड़न... ए ही के साथ राउर इ रेडियो
अउर टीवी वाला दोस्त राकेश कह रहल बाटे टाटा... बाय... बाय… एतवार के मज़ा लिहल जाए| हैप्पी दिवाली...
RJ RAKESH
fb: www.facebook.com/rjraakesh
email: rjrakesh@yahoo.com






