BHOJPURI WORLD NO. 18
आज एतवार हss… काल सोमार… परसो मंगल… दुर्गा पूजा के मंगल ध्वनि सुनाई दे रहल बाटे... आज ही से… आपन शहर कोलकाता... दुर्गा पूजा के रंग में रंग चुकल बाटेss... हर तरफ तैयारी में लोग लागल बाटेss... गली
मुहल्ला में रास्ता रोक दिहल गईल बाड़ी सss… अब कहे वाली
बात इss बिया कि बरखा डार्लिंग के डांस कवनों हालत में
ना देखे के मिले बस इहे दुर्गा माई से गुज़ारिश बाटेss... अरे ! भाई... हर पूजा पंडाल वालाss ... बारिश
के हर बूँद के साथ... आपन आंसू बहा देलाss... कब बरखा
हो जाई… एकर टेंशन हो जाला। दुर्गा पूजा में दिन सुखरुख
होखी कि नाss... हे ! दुर्गा माईss अब तहरे असरे बानी जा... सब संभाल ली हss... हमनी
के महंगाई से बचा ली हss... पूजा के दिन तनी बरखा
डार्लिंग पर कण्ट्रोल रखीहss| वोइसे एगो चीज़ देख के
हैरान बानी कि करोड़ों रुपया… इss दुर्गा पूजा के दौरान हवा में उड़ा दिहल जाला… काss एकर खर्च तनी कम ना कईल जा सके… अरे! भाई…
बड़का... बड़का दिमाग के इss हम सोचे
देतानीss... हम अब ना सोचब…. काहे कि ज़्यादा सोचला के बावजूद... सरकार हिल जातिया... बाक़ी के बात पss हम का कहींss... खैर! अपना बंगाल में पूजा
शौपिंग भी ज़ोर शोर से होइए गईल हss... कहे वाला कह रहल
बाटे कि अगर टोटल दुर्गा पूजा के कीमत लगावल जाएss... तss अपना दुर्गा पूजा के बाज़ार होखी तक़रीबन तीस हज़ार करोड़ रुपया से ज़्यादा
के... वाह! भाई! वाह! एगो खबर कान में इss भी आईल बाटे
कि पिछला साल के मुकाबले अबकी ज़्यादातर दुर्गा पूजा क्लब अपना अपना बजट में कटौती
कईले बा लोग... सुने में इss भी आ रहल बाटे कि अबकी
पूजा पुरस्कार देवे वालन में उत्साह के कमी दिखाई दे रहल बा... एकरा पीछे ग्लोबल
मंदी के हाथ बाटे... कि चिट फंड के चित भाईला के... खैर! दिमाग के ज़्यादा नईखी
दौड़ावत... भाई हम कवनों चुनाव हारल नेता थोड़े ही हई कि जेने तेने दिमाग लगाईब अउर
जवन तवन कहत फिरब आss बिना सोच के कुछ भी कह देब… खैर! महंगाई और सेंट्रल के राजनीति के लेके ढेर मत सोची...| अरे! माई! हम तss इहे जाने नी कि आम जनता
महंगाई के चक्की में पिसाss रहल बिया... आगे भी पिसात
रहीss... अगर कहीं नेता मंत्री के कृपा हो गईल... तss शायद कल्याण हो जाए... ना तss भइया राम नाम
जपना आधा पेट रहना... आss ज़िन्दगी में तरक्की है करना
तss हर पल चुप रहना... एकर आगे हम और का कहीं... जानमss समझाss करोss| फिलहाल
दुर्गा पूजा जम के मनाई जाss… नवरात्र सब के खाती
खुशियाँ लेआवे… इहे दुआ कर रहल बानी… खाई पीहीं मस्त रहीं… दोस्त यार परिवार के साथ धूम
मचावत रहीं… धमाल करत रहीं… तss
अब चलतानी... चलत चलत अब एगो ज्ञान के बात बता दीं
कि... अगर केहू इss कह रहल बा कि नारी के मतलब हss शक्ति... तss उss इss भी जान
ले कि पुरुष के मतलब हss सहन शक्ति... एss ही के साथ राउर इss रेडियो
अउर टीवी वाला दोस्त राकेश कह रहल बाटेss टाटा... बाय... बाय… एतवार के मज़ा लिहल जाए|
RJ RAKESH
fb: www.facebook.com/rjraakesh
email: rjrakesh@yahoo.com

No comments:
Post a Comment