Monday, September 5, 2016

समाज्ञा - रविवार - 7th Aug, 2016

BHOJPURI WORLD NO. 10

राज्यसभा में ‘जी एस टी’ बिल पास हो गईला पर नेता मंत्री लोगन के चेहरा पर ख़ुशी के जवन लहर लउकता ओ पss एक्स्ट्रा का कहल जाव ... हमरा तss बस इहे बुझाला कि अगर आलू, पियाज़, साग सब्ज़ी, नून-तेल मसाला अउर चावल-दाल सस्ता जाए तss ओ से ज़्यादा ख़ुशी भला आम आदमी के अउर का दे सकता| अपना देश में अगर केहू नेता बन गईल ... तss ओकरा बाद शायद ही उ कबो दुःख के घड़ी देखत होखीहें| उss का उनकर पूरा परिवार–रिश्तेदार, सबकर हाल तंदुरस्त ... टन टना टन हो जाला| अब कहे वाला कहेला कि आपन राहुल भईया के दिमाग कम चलेला तss एss भाई ओ से का फ़र्क पड़ेवाला बा ... का जी एकरा आगे कुछ कहीं कि रउआ सभे समझ गईनी कि हम का कहे चाह रहल बानी ... देखी बात के कवनों डबल मतलब निकालब ... हम इ डबल मतलब के चक्कर से तनी खुद के दूर राखेनी| अब तनी ओलिम्पिक्स के बात हो जाए| ओलिम्पिक्स में अपना देश के का हाल होखी इss तss वक़्त ही बताई ... हम तss बस इहे कहब कि हम इंतज़ार करेंगे| सवा सौ कड़ोड़ से भी ज़्यादा लोग हमनीके देश में रहेला ... सोचे वाली बात बिया कि हमनीके देश ओलिम्पिक्स में कुछ ख़ास अभी भी ना कर पावेले ... हाँ ! इss ज़रूर बाटे कि पाहिले से जवन भी बाटे बेहतर बाटे| साल 2012 यानी पिछला ओलिम्पिक्स में भारत के खाता में 6 गो मेडल्स आईल रहे अब देखी कि 2016 में 8 गो मेडल्स आवता कि ना| ... अब इsss सवाल के जवाब तsss भगवान् ही दे सकिहेंsss ... अब रउआ कहब कि अबकी ओलिम्पिक्स में जाए घड़ी तsss सब इंडियन खिलाड़ी इहे कहले रहे कि उsss कोशिश करिहें जाsss कि मेडल ज़रूर अपना देश में आये ... कहींss .... इsss कवनों नेता के वादा नियन त नईखे नू लागत ... खैर !  जब तक इsss ओलिमिक्स चलत रही हम परेशान रहब| अब तनी कोलकाता के बात कईल जाव अपना कोलकाता पुलिस के एगो बात पsss हम गौर कईले बानी कि उsss लोग दू पहिया चलावे वालन पsss खूब कडाई कईले बा लोग .... जहाँ तहां रोक के हर तरह के कागज के छान बीन हो रहल बाटे ... लेकिन कुछ - कुछ इलाका  में कबो जांच ना करे ला लोग ... और अगर कई भी लिहल तsss शायद महीना में एक या दू बार ... अब अइसन काहे होला इsss हम ना कह सकब ... पता लगावे पड़ीsss ... अगर रउरा किहाँ कवनों जानकारी होखे तsss प्लीज़ हमरा के इमेल कई देब ... एने हम हौं खोज खबर लगायीब | अच्छा तss अब हम चल तानी नेक्स्ट वीक फिर मुलाक़ात होखी ... समाज्ञा पढ़त रहीं ... खुद के संभाल के रखीं ... चलत चलत अब एगो ज्ञान के बात बता दीं कि ... आजकल कहे वाला कहेला कि हर सफल इंसान के पीछे एगो औरत के हाथ होखेला ... लेकिन एक से ज़्यादा औरत अगर हो गईल तss उss सफल इंसान के कहानी “सावधान इंडिया जईसन क्राइम शो में देखे के मिल जाला ...  एss ही के साथ राउर इss रेडियो अउर टीवी वाला दोस्त राकेश कह रहल बाटेss टाटा ... बाय ... बाय … एतवार के मज़ा लिहल जाए|

RJ RAKESH

www.facebook.com/rjraakesh

                                                     

No comments:

Post a Comment