BHOJPURI WORLD NO. 4
भोजपुरी वर्ल्ड के
ज़रिए जब भी रउआ सभे से बतियावे के मौका मिलअता तबे मन हमार हरिअर हो जाता ... अब
देखीss मन के बारे में का कहींss ... मन के मन में जवन आवेला मन तss उहे करेला ...
उहे कहेला, कबो कहेला आई लव यू ... तss कबो कहेला आइ हेट यू| कहेवाला कहेला कि अगर
पड़ोसी निमन मिल जाए तss मन हर पल खुश रहेला अउर अगर पड़ोसन नीमन भेटा जाए तss मन
दीवाली, होली अउर ईद एक ही संगे मनावे लागेला| पड़ोसी के जब बात चलल बाटे तss अचानक
हमार मन में इss बात आ गईल हss कि काहे हमनी के कुछ पड़ोसी देश अतना परेशान बाड़न जा
... अब एक पड़ोसी देश के एगो टॉप आर्मी अफसर के कहनाम बाटे कि उनकर देश के सबसे
ज़्यादा ख़तरा भारत से बाटे ... एss भाई हमनी के देश तss शान्ति में यकीन राखेला ...
इss दुनिया मानेले एसे एss पss कवनों बहस कईल बेकार होखी| अगर बहस करे खाती मन बड़ा
बेचैन बाटे तss राहुल भईया पर बहस हो सकेला ... मन जतना करे ओतना बतिया लss ...
उनकर एक एक बात पर बहस हो सकतिया ... हंसी मज़ाक के माहौल बनी एकर तss गारंटी बिया|
आज कल बॉलीवुड हीरोइन्स के कवनों गारंटी नइखे ... कब एक्टिंग के नाम पर कपड़ा कम
पहिने लागी लोग इss केहू ना कह सके ... वोइसे कहे के सलमान खान कुछ भी कह सकेलन
... मन चाहे उनकर जतना भी बड़ होखे भा लईकन नियन होखे ... उनकर मन उट-पटांग काम
कईला से बाज़ ना आवे, एss बात पss फिलहाल हमरा मन में एगो ख्याल आ रहल बाटे कि आज
कल स्मार्ट फोन के इss दौर में इंसान काहे बुड़बकई कर रहल बा ... अब सलमान खान आपन
मुह खोलला से पाहिले काहे गूगल बाबा से नइखन पूछ लेत कि कब का कहे के चाहीं ...
कहवाँ काss कहे के चाहीं| कुछ दिन पाहिले आपन सल्लू मियां कहले रहलन कि अरिजीत
सिंह के हss तब इss बात सुन के हमरा लागल कि ‘सलमान भाई जान’ के संगीत में कवनों
दिलचस्पी नईखे| खैर ! अपना देश में केहू के राहुल भईया के कवनों बात में दिलचस्पी
नईखे तss केहू के मोदी जी के विदेश दौरा में कवनों दिलचस्पी नईखे तss हमनी के शहर
कोलकाता में पीली टैक्सी चलावे वालन भाई लोगन के आम आदमी में कवनों दिलचस्पी नईखे|
कोलकाता एगो अईसन शहर हss जहां सब कर गुज़ारा हो जाला ... का अमीर का गरीब सब कर
खाती इंतज़ाम बाटे ... बस सही जगह पर पहुंचे भर के देर बाटे ... लेकिन सही टाइम पर पीली
टैक्सी लेके पहुंचल तनी मुश्किल बाटे| हमरा अतना बात कान में आवेला कि अब का कहीं
... कहे वाला कहे ला कि इss पीली टैक्सी चलावे वालन भाई लोगन के शरीर के अन्दर दिल
नाम के कवनों चीज़ नईखे ... इss लोग कब पैसेंजर के ना कह दी लोग इss ऊपर बईठल भगवान
भी ना बता सकिहें| आदमी के ज़रुरत के घड़ी ज़्यादातर पीली टैक्सी चलावे वाला टैक्सी
ड्राइवर धोखा दे देला लोग| अब इss सब बात सुन के का कहीं आ केकरा से कही ... इss
पीली टैक्सी चलावे वाला भाई लोग केहू से ना डेराला ... नेता मंत्री के भी बात इss
ना सुने ला लोग ... अब तss बस भगवान् के ही भरोसा बा ... रउआ सभे ओइजे रपट लिखाई
जा ... का जाने कुछ अच्छा हो जाए अउर अछे दिन आ जाए| अच्छा तss अब हम चल तानी नेक्स्ट वीक फिर मुलाक़ात होखी ... चलत चलत अब एगो ज्ञान के बात बता दीं कि ... अगर रउआ शादी शुदा हइं अउर कबो
रउआ के राउर सर दर्द परेशान करे तss प्लीज़ अपना वाईफ से ज़रूर बतिया लेब काहे कि
ज़हर ... ज़हर के काटेला ... एss ही के साथ राउर इss रेडियो अउर टीवी वाला दोस्त राकेश कह रहल बाटेss टाटा ... बाय ... बाय … एतवार के मज़ा लिहल जाए |
RJ RAKESH

No comments:
Post a Comment